Welcome to New Bihar Social Welfare

 

बिहार



हमनी के एह पोस्ट में आगे बढे से पाहिले बिहार के बारे में बात कइल जाइ



बिहार भारत के एगो राज्य ह, जवन कि उत्तरी आ पूरबी भारत में स्थित बा, ई 94,163 किमी2 (36,357 वर्ग मील) क्षेत्रफल वाला राज्य भारत के तेरहवाँ सबसे बड़ राज्य ह आ जनसंख्या के हिसाब से भारतीय राज्यन में तिसरा नंबर पर बा। बिहार राज्य के सीमा पश्चिम में उत्तर प्रदेश आ उत्तर में नेपाल से सटल बा जबकि पुरुब ओर पच्छिम बंगाल आ दक्खिन में झारखंड से सटल बाटे। बिहार एगो मैदानी राज्य ह, बिहार के मैदान में पच्छिम से पुरुब बहे वाली गङ्ङा नद्दी एकरा के दू हिस्सा में बाँटे ली। सांस्कृतिक रूप से बिहार के चार गो क्षेत्रन में बाँटल जाला, अंगिका, मगध, मिथिला आ भोजपुर।


15 नवंबर 2000 दक्खिनी बिहार के दक्खिनी हिस्सा के अलग क के झारखंड राज्य बनावल गइल। बिहार के खाली भर 11.3% जनसंख्या शहर में रहे ले, एह मामिला में भारत में बिहार सभसे नीचे बा (हिमाचल प्रदेश के छोड़ के)। एकरे अलावा लगभग 58% जनसंख्या 25 बरिस से कम उमिर के बा आ भारत के अन्य राज्यन के तुलना में बिहार कमउमिर लोग के अनुपात के मामिला में सभसे उपर बा। बिहार के आधिकारिक भाषा हिंदी आ उर्दू हईं आ अन्य चलनसार भाषा सभ में भोजपुरी, मैथिली, आ मगही बाड़ी सऽ।

प्राचीन काल में बिहार के सत्ता, शक्ति, अध्ययन आ संस्कृति के केंद्र मानल जाय। मगध में भारत के पहिला साम्राज्य, मौर्य साम्राज्य, के उदय भइल आ दुनिया के प्रसिद्ध धर्म, बौद्ध धर्म के प्रवर्तक गौतम बुद्ध के कर्मभूमि भी बिहार रहल। मौर्य आ गुप्त बंस के शासन के दौरान मगध साम्राज्य दक्खिनी एशिया के ज्यादातर हिस्सा के एक ठो केन्द्रीय सत्ता में बान्हे के काम कइलस। बिहार के अन्य क्षेत्र मिथिला प्राचीन काल में विदेह राज के हिस्सा रहल आ ब्राह्मण लोग के ज्ञान खातिर आ अध्ययन केंद्र के रूप में परसिद्ध रहल।

1970 के दशक के बाद से बिहार सामाजिक आर्थिक बिकास के मामिला में अन्य भारतीय राज्य सभ से बहुत पाछे छूटत गइल। कई ठे अर्थशास्त्री आ सामाजिक बिग्यानी लोग एकर कारन के रूप में केंद्र सरकार के नीति के देखेला, उदाहरण खातिर, भाड़ा बराबरी के नीति, जवना के तहत भारत में कहीं भी उद्योग लगावे के उद्देश्य राखल गइल आ केंद्र सरकार कच्चा माल आ खनिज के ढोवाई में सब्सिडी दे जेकरे कारण एह इलाका सभ में उद्योग ला लाग पावल। एकरे अलावा केंद्र सरकार के उपेक्षा, बिहारी लोग के अंदर एकता के भावना के कमी, आ 1793 में ब्रिटिश ईस्ट इंडिया कंपनी द्वारा लागू कइल गइल इस्तमरारी बंदोबस्त, जेवना में जमींदारी प्रथा के जामीन के राजस्व वसूली कइल जाले, नियर कारण गिनावल जालें। हालाँकि, अब के सरकार बिहार के बिकास के क्षेत्र में तेजी से काम कइले बाटे। शासन ब्यवस्था में सुधार के बाद इहाँ इन्फ्रास्ट्रक्चर के क्षेत्र में निवेश में बढ़ती देखल गइल बा, स्वास्थ सुबिधा पहिले से बेहतर भइल बा, शिक्षा पर जोर बढ़ल बा, आ अपराध आ भ्रष्टाचार में कमी आइल बा।




 बस एतने एकरा बारे में आगे भी बात कइल जाइ

आज खातिर रउरा लोग हमरा के आज्ञा दी लोग 


0 Comments